गोरिया कइके सिंगार, अँगना में पिसेली हरदिआ ॥२
गोरिया कइके सिंगार, गोरिया करी हो
गोरिया कइके सिंगार, गोरिया कइके सिंगार
अँगना में पिसेली हरदिआ …..
गोरिया कइके सिंगार अँगना में पिसेली हरदिआ ॥२
गोरिया कइके सिंगार, गोरिया करी हो..
कइके सिंगार हो गोरिया कइके सिंगार
अँगना में पिसेली हरदिआ …..
गोरिया कइके सिंगार अँगना में पिसेली हरदिआ ॥२
काहवा के हवे राम सील सीलवटिया २
काहवा के हरदी पुरान हो २
आरे काहवा के हरदी पुरान, अँगना में पिसेली हरदिआ
गोरिया कइके सिंगार अँगना में पिसेली हरदिआ ॥२
नइहरे के हवे राम सील सीलवटिया २
ससुरा के हरदी पुरान हो २
ससुरा के हरदी पुरान, अँगना में पिसेली हरदिआ
गोरिया कइके सिंगार अँगना में पिसेली हरदिआ ॥२
गवाना करवल पिया हो, घरे बइठवल २
अपने ता गइल पिया हो, पूरबी बनिजिया ॥२
गोरिया कइके सिंगार अँगना में पिसेली हरदिआ …
सोरहो सिंगर में दिखाई के सुरतिया
होलिया में हमरो जुराई देलु छतिया
आरे रुपवा से हटे ना ध्यान हो…
आहे देखि देखि डोले ला ईमान हो
आरे देखि देखि डोले ला ईमान, अँगना में पिसेली हरदिआ
गोरिया कइके सिंगार अँगना में पिसेली हरदिआ ॥२