पिया आवा
पिया आवs होलिया उदास लगता
पिया आवs ए पिया आवs
एह फागुनवा में मिलन के पियास लगता पिया आवs
हो पिया आवs…… आवs ना
हो बहे फगुनाहट त निंदियो ना आवे
कांट खानी लागे जब जोगीरा केहू गावे
तोहर हँसत आवास अब निरास लगता
पिया आवs होलिया उदास लगता
कृष्णा बेदर्दी, प्रमोद अनुरोध बा
अब तोहरा नोकरी के हमरा बिरोध बा
दिल तोरबो ना जीतू विश्वास लगता
पिया आवs होलिया उदास लगता
हाँ पिया आवs