ते जबसे कईले गद्दारी रे | Bhole Bhandari Lyrics – Pawan Singh | Shilpi Raj

ते जबसे कईले गद्दारी दिल में बस गईले भंडारी रे

Bhole Bhandari Lyrics Hindi Image Source :Bhole Bhandari Lyrics Hindi

Bhole Bhandari Song Details

  • 📌 Song Title Bhole Bhandari
  • 🎤 Singer Pawan Singh, Shilpi Raj
  • ✍️ Lyrics Vishal Bharti

Bhole Bhandari Lyrics Hindi

ॐ नमः ! पार्वती पतये !
हर हर महादेव !
शम्भू ! शम्भू !
अरे रोजे सुबह शाम
हमार जपत रहs नाम
बोलs कवन हम कईनी खता
की देवेलs ना ध्यान
सुन !

सब भुला के बाबा के लगे आके
बन गईनी पुजारी रे
अउरी सुन !
ते जबसे कईले गद्दारी दिल में
बस गईले भंडारी रे
ते जबसे कईले गद्दारी दिल में !
बस गईले भंडारी रे !!

गईला के नाही तोरा गम बा
जिनगी भईल बम बम बा
ते का सोचले रे पगली
कहानी मोर खत्म बा
ऐ सुनs !

खाके भोला के कसम कही ले
खाली तोहरे से प्यार हम करी ले
अब ना लिपट ते सोझा से हट
बनु जनि संस्कारी रे
भगबु की ना !

ते जबसे कईले गद्दारी दिल में
बस गईले भंडारी रे
ते जबसे कईले गद्दारी दिल में !
बस गईले भंडारी रे !!
शम्भू ! शम्भू !

बानी बड़ी खुशहाल रे
नईखे कवनो मलाल रे
केहू के ना बा जरुरत पवन के
संघे जब बाड़े महाकाल रे
शम्भू !

जानू अईसे ना अन्याय तू करs
संघे शुरू नया अध्याय तू करs
दिहे विशाल नाही मौका दुबारा
टूटल जे एको बार यारी रे
यारी रे !

ते जबसे कईले गद्दारी दिल में
बस गईले भंडारी रे
ते जबसे कईले गद्दारी दिल में !
बस गईले भंडारी रे !!