Gor Bani Raja Kariya Ho Jaib Lyrics in Hindi
धनि चुल्हिये पs खाना बनावs ना
धनि चुल्हिये पs खाना बनावs ना !
बा अभाव पईसा के काम चलावs ना
बा अभाव पईसा के काम चलावs ना !
हम अगिला महीना गैस किन के लाईब
हां किन के लाईब
लागी मेकअप पs धुँआ मड़िया हो जाईब
लागी मेकअप पs धुँआ मड़िया हो जाईब
हम गोर बानी राजा करिया हो जाईब
लागी मेकअप पs धुँआ मड़िया हो जाईब
हम गोर बानी राजा करिया हो जाईब
पाउडर क्रीम तोहार ले आईब किन के
बाटे मजबूरी धनि खाली कुछ दिन के
लवना लगावे के ना आदत हमार हो
फुँकब गोईठा तs पर जाईब बीमार हो
अच्छा !
जाए दs धनि !
कुछ ही दिन के बात बा काम चला लs !
जाके हीटर आ कुकर हम लेके आईब
हां लेके आईब
लागी मेकअप पs धुँआ मड़िया हो जाईब
लागी मेकअप पs धुँआ मड़िया हो जाईब
हम गोर बानी राजा करिया हो जाईब
लागी मेकअप पs धुँआ मड़िया हो जाईब
हम गोर बानी राजा करिया हो जाईब
जनि रूसs गोरी मुँह ना फुलावs
लागल बा भूख नून रोटी लेयावs
पवन सर्वेश सईया कईलs दुर्गति
ब्यूटीफुल बानी हो जाई हमार क्षति
जाये दs !
गरीबी हs मजबूरी समझल जाला !
अरे फिर गोर हो जईबू हो !
तोहार एक एक चीज गिन गिन के लाईब
गिन के लाईब
लागी मेकअप पs धुँआ मड़िया हो जाईब
लागी मेकअप पs धुँआ मड़िया हो जाईब
हम गोर बानी राजा करिया हो जाईब
लागी मेकअप पs धुँआ मड़िया हो जाईब
हम गोर बानी राजा करिया हो जाईब